UP चुनाव पर भोजपुरी में पढ़े : त फेर से कहे के होई-आकाश में कुहरा घना बा

Episode 288,   Jan 24, 2022, 04:45 AM

नेता लोग अपना समाज से ताकत लेके लाम-काफ बांधी लेता. लाव-लश्कर बना लेता. समाज के अढ़तिया बन जाता. बाकिर समाज के लोगन के का लौटावता. इ सवाल उनका से पूछे के पड़ी. पहिले सवाल पूछल जाई, तब न उ जवाब मिली आ चाहें ना मिली. येहसे इहे चुनाव में वोट मांगे आए वाला नेता लोग से उनका काम के बारे में पूछला के जरूरत बा. इहो जरूरी बा कि उनका के दिखा दिहल जाउ कि अभी अऩ्हार बहुत बा. विकास कागजे प होता.